🎵

Arrah Ballia Chhapra

Album: Arrah Ballia Chhapra Durasi: 3:47

भोजपुरिया मरद बड़ी देला दरद

सुनले हम बानी, रहे हर-दम बेपरद

भोजपुरिया मरद बड़ी देला दरद

सुनले हम बानी, रहे हर-दम बेपरद

हम नाहीं मोलब अइसन खतरा

हाँ-हाँ, हम नाहीं मोलब अइसन खतरा

दिल-वाला हवे, सुन ल, ए गोरिया

Arrah, Ballia, हाँ, Chhapra (अच्छा)

दिल-वाला हवे, सुन ल, ए गोरिया

Arrah, Ballia, हाँ, Chhapra

प्यार करे वाला अइसन मरद ना पाइबू

मान जइबू लोहा, जहिया माँग भरवइबू

अ-ह-ह, प्यार करे वाला अइसन मरद ना पाइबू

मान जइबू लोहा, जहिया माँग भरवइबू

जानऽ तानी, छोड़ देबऽ मस्ती उठा के

दुई-चार दिन ला हमके दुलहिन बना के

नाहीं चाहीं तहरा नियन भतरा

जा-जा, नाहीं चाहीं तहरा नियन भतरा

हो, रंगीला हवे, सुन ल, ए गोरिया

Arrah, Ballia, हाँ, Chhapra

दिल-वाला हवे, सुन ल, ए गोरिया

Arrah, Ballia, हाँ, Chhapra

बहियाँ में आ के देखऽ, जियरा जुड़ाई

Arrah, Ballia, Chhapra वाला छोड़ द लड़ाई

हो, बहियाँ में आ के देखऽ, जियरा जुड़ाई

Arrah, Ballia, Chhapra वाला छोड़ द लड़ाई

बतिया तनी के कहत बाड़ऽ, ए राजा

जइसे मन करे, हमरा जिया में समा जा

गावऽ संगे, Pawan पिया, पचरा

हाए, गावऽ संगे, Pawan पिया, पचरा

मस्तीला हवे, सुन ल, ए गोरिया

Arrah, Ballia, हो, Chhapra

मस्तीला हवे, सुन ल, ए गोरिया

Arrah, Ballia, हाँ, Chhapra